Choose a track to play
सज के, सँवर के जब आवेलु, ए रानी, दिनवे में मन गबड़ावेलु
राती में सपना तू अपना देखाके हमरा के काहे दुबरावेलु?
राजा, कइलऽ बियाह, तू मोटा जइबऽ हो
खइबऽ मेहरी के हाथे त गोटा जइबऽ हो
सुनी ला, सादी से होला बरबादी
तबो त दिनोदिन बढ़ऽ ता आबादी
मरदे के मन ह, बिछिलिए नु जाला
बढ़ेला load तब जा के पछताला
अबे से काहे डेरवावेलु, ए गोरी? हरियर गछिया सुखावेलू
राजा, कइलऽ बियाह, तू मोटा जइबऽ हो
खइबऽ मेहरी के हाथे त गोटा जइबऽ हो
सुनी ला, प्यार नीक लागेला कुँँवार में
मेहरी का करी मरद रही जब उधार में?
रानी, अंबानियो के झर जाला पानी
होला demand जबले रहेला जवानी
कइसन भेद बतावेलु, ए रानी? चेहरा प अहरा जरावेलु
राजा, कइलऽ बियाह, तू मोटा जइबऽ हो
खइबऽ मेहरी के हाथे त गोटा जइबऽ हो