Оберіть трек для відтворення
फुलवा के देख पगलाइल बाटे भौंरा
दिलवा उफान मारे, कोरवा में तोहरा
फुलवा के देख पगलाइल बाटे भौंरा
दिलवा उफान मारे, कोरवा में तोहरा
आई के लिपट जाई हो
कौन चुमुक बाटे?
कौन चुमुक बाटे तोहरा भीतरिया?
करेला मन सट जाई हो
कौन चुमुक बाटे तोहरा भीतरिया?
करेला मन सट जाई हो, ए हो
नेवता बटावे लागल, धानी रे चुनरिया
प्यार जोग होइये गईल, देखऽ ना उमीरिया
संगे-संगे कट जाई हो
बड़ा भोला बाड़ऽ
बड़ा भोला बाड़ऽ हमरो साँवरिया
करेला मन पट जाई हो
बड़ा भोला बाड़ऽ हमरो साँवरिया
करेला मन पट जाई हो
कली कचनार देखी, कुहुके करेजा
चैना करार लिहलु, आवऽ दिल लेजा
हमरो के रहे सइयाँ, इहे इंतजार हो
ओहि दिनवा के जईहा, करबऽ इजहार हो
करबऽ इजहार हो
टप-टप प्रेम रस टपके सजनिया
टप-टप प्रेम रस, टपके सजनिया
पीके ऊ लोट जाई हो
कौन चुमुक बाटे?
कौन चुमुक बाटे तोहरा भीतरिया?
करेला मन सट जाई हो
बड़ा भोला बाड़ऽ हमरो साँवरिया
करेला मन पट जाई हो
एतना तू मीठी-मीठी, करऽ तारऽ बतिया
सुनऽ ए राजा जी, धड़क जाता छतिया
तोहरा के देखी मन, भरेला उड़ान हो
सुखल पतई में, आ जाला प्राण हो
आ जाला प्राण हो
तोहरा के पा के अब, करेला मनवा
दुनिया जहान सब भूल के सजनवा
प्रीतिया में डट जाई हो
बड़ा भोला बाड़ऽ
बड़ा भोला बाड़ऽ हमरो साँवरिया
करेला मन पट जाई हो
बड़ा भोला बाड़ऽ हमरो साँवरिया
करेला मन पट जाई हो
तऽ आवऽ