Оберіть трек для відтворення
ए बलमा परदेसी ए मनवा के राजा
ए बलमा परदेसी ए मनवा के राजा
बोला अँखियाँ मिलाके तू भुलइबू त ना
ए हमरी दिलजनीया दे द तू बचनिया
ए हमरी दिलजनीया दे द तू बचनिया
हमके जिया में बसाके तू बिसरइबू त ना
ए बलमा परदेसी ए मनवा के राजा
हम अकेले मजे में रहली कहाँ से तू अइल
कैसन मंत्र पढ़ल राजा जिया बस में कैल
हम अकेले मजे में रहली कहाँ से तू अइल
कैसन मंत्र पढ़ल राजा जिया बस में कैल
लेके जियरा जियरा से तू जइबू त ना
ए हमरी दिलजनीया दे द तू बचनिया
हमके जिया में बसाके तू बिसरइबू त ना
ए बलमा परदेसी ए मनवा के राजा
सगरी जिनगी हम लिख देहली गोरी तोहरे नाव हो
कहिदा तू हरदम रखबू प्रीतिया के छाँव हो
सगरी जिनगी हम लिख देहली गोरी तोहरे नाव हो
कहिदा तू हरदम रखबू प्रीतिया के छाँव हो
कबहूँ बिरहा अगनी में जरइबू त ना
ए बलमा परदेसी ए मनवा के राजा
बोला अँखियाँ मिलाके तू भुलइबू त ना
ए हमरी दिलजनीया दे द तू बचनिया
हमरा मन में प्रीत जगावल बड़ा एहसान बा
कहे के हम दूजन बननी एके परान बा
हमरा मन में प्रीत जगावल बड़ा एहसान बा
कहे के हम दूजन बननी एके परान बा
हमसे अलग होके अब सतइबू त ना
ए बलमा परदेसी ए मनवा के राजा
बोला अँखियाँ मिलाके तू भुलइबू त ना
ए हमरी दिलजनीया दे द तू बचनिया
हमके जिया में बसाके तू बिसरइबू त ना
ए बलमा परदेसी
ए हमरी दिलजनीया
ए बलमा परदेसी
ए बलमा परदेसी
ए मनवा के राजा ए बलमा परदेसी
ए मनवा के राजा बोला अँखियाँ मिलाके तू भुलइबू त ना
ए बलमा परदेसी ए मनवा के राजा